राजस्व आ भूमि सुधार विभाग के मंत्री डॉ दिलीप जायसवाल विधानसभा में शीतकालीन सत्र के दौरान कहलें कि भूमि सर्वे में रैयतों के होए वाला परेशानी के देखते हुए जल्दी ही सरकार भूमि सर्वेक्षण कराए खातिर स्वघोषणा प्रपत्र 2 के साथ जमा करे वाला ज़रूरी दस्तावेजवा के लेके एगो नया मसौदा तैयार करता जउन अगिलका सप्ताह तक जारी कर देहल जाई। इ नयका नियम से रैयत लोग के बहुते राहत मिल जाई।अब भूमि सर्वे करावेला स्वघोषणा आवेदन पत्र जमा करे खातिर खतियान के कौनो जरूरत नईखे। अब खतियान निकलवाए के खातिर परेशान भाईला के जरूरत नईखे।अब रउवा लोग एमे से कऊनो एगो कागज साक्ष्य के रूप में दे सकतानी। नमस्कार, रउआ लोग के पूनम एक प्रेरणा में बहुत बहुत स्वागत बा। आईं जानल जाव कि नयका नियम के अनुसार ऊ कौन कौन कागज हवे जेमे से कऊनो एगो कागज देके रउवा सर्वे में स्वघोषणा प्रपत्र 2 में आवेदन पत्र जमा कर सकतानी अऊर सर्वे अपना नाम पर करा सकतानी । त ई हऊ डॉक्युमेंट जेमे से कऊनो एगो कागज देके रउआ सर्वे में स्वघोषणा आवेदन प्रपत्र 2 भर सकतानी :
•खाली रसीद देके भी सर्वे खातिर आवेदन कर सकतानी।
•खाता प्लॉट नंबर के जानकारी देके भी सर्वे खातिर आवेदन कर सकतानी।
•जमीन के नक्शा,प्लॉट के नक्शा से भी हो जाई सर्वे।
•अगर पन्ना फाट गईल बा, मिट गईल बा तबो करा सकतानी सर्वे।
•जमींदारी उन्मूलन के बाद भूतपूर्व मध्यवर्ती के दाखिल रिटर्न राजस्व लगान के रस